Lyrics -

लड़की :- बानी तोहसे नाराज रंगबाज राजाजी
हम त रोव तानी काट के पियाज राजाजी

लड़का :- जुग जुग जिय ए करेजा काहे कह तारु आग लागल हो
ए धनी हो जहिया से जिनिगी मे अइलू तहिये से हमार भाग जागल हो
कोरस :- ए भउजी हो जहिया से घरवा मे अइलू भइया के हमार भाग जागल हो

लड़का :- एगो साड़ी के पाछा देबेलु गारी
नाही करेलु बतिया तू प्यारी प्यारी

लड़की :- अब त तोहरा से हम नाही बोलब ए राजा
बहरे सूत केवाड़ी नाही खोलब ए राजा

लड़का :- तोहार सुरतिया सुहावन चानवा मे दाग लागल हो
ए धनी हो जहिया से जिनिगी मे अइलू तहिये से हमार भाग जागल हो

लड़का :- मुँह कइलू फुला के गुब्बारा धनी
देख नईहर ना जइह दुबारा धनी

लड़की :- नीलकमल जवन कह तानी सह ए राजा
नात आशु प्रियांशु संगे रह ए राजा

लड़का :- गाव तानी प्यार वाला गीतिया तोहार अलगे राग लागल हो
ए धनी हो जहिया से जिनिगी मे अइलू तहिये से हमार भाग जागल हो

Comment: